भोजपुर जिला के चुनावी हालचाल

पिछलका विधान सभा चुनाव में भोजपुर जिला के चार गो सीट भाजपा के आ दू गो राजद के मिलल रहुवे. एगो सीट जदयू का लगे रहुवे. अबकी सगरी सीटन पर मोटा मोटी तिकोनिया लड़ाई बा. संदेश सीट पर भाजपा के संजय सिंह टाइगर, राजद के अरुण यादव आ भाकपा माले के राजू यादव मुकाबला में बाड़ें. बड़हरा सीट से राजद विधायक रहल राघवेंद्र प्रताप सिंह अबकी समाजवादी पार्टी का टिकट पर चुनाव लड़त बाड़न. भाजपा एहिजा से आशा देवी के आ राजद सरोज यादव के उतरले बा. आरा सीट पर भाजपा के अमरेंद्र प्रताप सिंह के मुकाबला राजद के नवाज आलम से बा. अगिआंव सुरक्षित सीट पर भाजपा के शिवेश राम, जदयू के प्रभुनाथ प्रसाद अउर भाकपा माले के मनोज कुमार मंजिल का बीच लड़ाई बा. जगदीशपुर सीट से राजद विधायक दिनेश कुमार सिंह आपन नया गोल बना के लड़त बाड़न. उनकर लड़ाई रालोसपा के राकेश रौशन आ राजद के रामविशुन सिंह से बावे. भाकपा माले के चंद्रदीपो मैदान में बाड़न. तरारी सीट से कांग्रेस के अखिलेश प्रसाद सिंह के मुकाबला लोजपा के गीता पांडेय से बा जे पिछला विधायक सुनील पांडेय के पत्नी हई. शाहपुर सीट पर भाजपा के विशेश्वर ओझा आ राजद के राहुल तिवारी का बीच कांटा के टक्कर बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।