‘भोजुपरी दबंग’ दिल जीतलसि ‘वीर मराठा’ मैच

Deshmukh-ManojTiwariपिछला २४ फरवरी के रांची के जेएससीए इंटरनेशनल स्टेडियम में ‘वीर मराठा’ से हारिओ के ‘भोजपुरी दबंग’ के खिलाड़ी दर्शकन के दिल जीत लिहलें. पुरा मैच क दौरान खिलाड़ी अपना होम ग्राउंड पर दर्शकन के भरपूर मनोरंजन कइलें. पहिले बल्लेबाजी करत दबंग 174 रन के चुनौतीभरल स्कार खड़ा कइलसि. बाद में खेले उतरल ‘वीर मराठा’ पर दबंग टीम के दबाव रहे बाकि कप्तान मनोज तिवारी के घवाहिल हो के बाहर निकलला के असर टीम पर पड़ल. स्ट्राइकर गेंदबाज के बाहर जाते मराठी टीम के सिद्धार्थ मूले के टिके क मौका मिल गइल आ ऊ अपना टीम के जीतवा दिहलन.

हार के बावजूद दबंग टीम के अपना घरेलू दर्शकन से भरपूर समर्थन मिलल. रवि किशन, रिंकू घोष, पाखी हेगड़े आ मोनालिसा स्टेडियम में आइल दर्शकन के भरपूर मनोरंजन कइल.


(शशिकांत सिहं)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।