मंगल से यूपी बोर्ड के परीक्षा शुरू होखत बा

मंगल १२ मार्च से उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद के दसवीं आ बारहवीं के बोर्ड परीक्षा शुरू होखे जात बा. एह दुनु परीक्षा में कुल मिला के करीब पैंसठ लाख परीक्षार्थी शामिल होखीहें आ एह ला करीब साढ़े दस हजार परीक्षा केन्द्र बनावल गइल बा. पिछला साल का बनिस्बत एह साल परीक्षार्थियन के गिनिती बहुते बढ़ल बा. दसवीं बोर्ड के परीक्षा तीन अप्रेल के आ बारहवीं बोर्ड के परीक्षा अठारह अप्रेल के खतम होखी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।