मंडल कारा में छापेमारी में मिलल आपत्तिजनक सामान


छपरा 30 मार्च (वार्ता). सारण जिला के छपरा मंडल कारा में पुलिस बियफे देर राति छापा मरलसि आ एह छापा में मोबाइल फोन समेत अउरिओ आपत्तिनजक सामान बरामद कइलसि.
सारण के पुलिस अधीक्षक हरकिशोर राय आजु बतवलें कि छपरा मंडल कारा में देर राति छापा मार के कई वार्ड के सघन तलाशी लीहल गइल. एह तलाशी में अलग अलग वार्ड से पांच गो मोबाइल, तीन गो सिम कार्ड, मोबाइल चार्जर वगैरह बरामद भइल.
कई वार्ड से गांजा, खैनी, सिगरेट अउर गुटको बरामद भइल बा. अब एह बाति के जाँच कइल जात बा कि जेल परिसर में कड़ा सुरक्षा रहला का बावजूद ई सगरी चीझु कैदियन ले चहुँपल कइसे.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।