मंत्री कामेश्चर उपाध्याय के निधन

यूपी के खेलकूद आ युवा कल्याण मंत्री कामेश्वर उपाध्याय के निधन परसो दिल्ली में हो गइल रहे. काल्हु उनकर पार्थिव देह देवरिया के भाटपाररानी ले आवल गइल जहाँ उनकर अंतिम संस्कार भइल. सत्तर साल के कामेश्वर उपाध्याय एने ढेर दिन से बीमार रहुवन. पिछला तीन चुनाव से ऊ लगातार भाटपार रानी से विधानसभा चुनाव जीतत आइल रहलें. उनुका निधन पर लखनऊ में सपा कार्यालय में श्रद्धांजलि दिहल गइल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..