मंत्री कामेश्चर उपाध्याय के निधन

यूपी के खेलकूद आ युवा कल्याण मंत्री कामेश्वर उपाध्याय के निधन परसो दिल्ली में हो गइल रहे. काल्हु उनकर पार्थिव देह देवरिया के भाटपाररानी ले आवल गइल जहाँ उनकर अंतिम संस्कार भइल. सत्तर साल के कामेश्वर उपाध्याय एने ढेर दिन से बीमार रहुवन. पिछला तीन चुनाव से ऊ लगातार भाटपार रानी से विधानसभा चुनाव जीतत आइल रहलें. उनुका निधन पर लखनऊ में सपा कार्यालय में श्रद्धांजलि दिहल गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।