मंहगाई के आग पर पेट्रोल के छींटा

काल्हु बहुते कुछ एलान केन्द्र सरकार का तरफ से भइल जवना से देश में महँगाई बढ़े के अनेसा हो जाई. आ एह आग पर अब पेट्रोल आ डीजलो के छींटा मार दीहल गइल बा.
शुक अधरतिया से पेट्रोल पर 1.60 रुपिया आ डीजल पर 40 पइसा के उत्पाद कर बढ़ा के केन्द्र सरकार अपना खजाना में करीब 4000 करोड़ रुपिया बटोरे के इरादा रखले बिया. पिछला एक बरीस में पाँचवा बेर उत्पाद कर बढ़ावल गइल बा पेट्रोलियम उत्पाद पर आ अब हर लीटर पेट्रोल पर सरकारी लेवी 19.06 रुपिया हो गइल बा. सरकार जानत बिया कि तेल के दाम हमेशा अइसने ना रह पाई आ एहसे मौका देख के अतना बटोर लीहल जाव जेहसे आगे चल के दाम बेसी मत बढ़ावे के पड़े. दोसरे अगिला चुनावो में अबहीं करीब आठ दस महीना के देरी बा तबले जनता के नाराजगी झेलल जा सकेला.
सुने में इहो आवत बा कि सरकार रसोई गैस पर मिले वाला आम सब्सिडी खतम करे जात बिया आ अधिका आमदनी वाला लोग के सब्सिडी ना दीहल जाई.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।