मऊ के सफल सभा में भाजपा आ भासपा में गठबन्हन के एलान

सनिचर का दिने मऊ में सुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी के बोलावल पिछड़ा वर्ग महापंचायत में बीजेपी अध्यक्ष अमित शाह शामिल भइलन आ यूपी सरकार पर जमके निशाना साधत कहलन कि अखिलेश सरकार नइखे चाहत कि यूपी में विकास होखे. कहलन कि सपा बसपा राहु-केतु हई सँ आ एकनी का चलते प्रदेश के विकास नइखे हो पावत.

सभा में एलान क दीहल गइल कि विधान सभा चुनाव में भाजपा आ भासपा मिल के चुनाव लड़ीहें आ पूर्वांचल से सपा, बसपा आ कांग्रेस के सफाया क दीहल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।