मऊ पुलिस मुठभेड़ क के दू गो शराब तस्कर धइलसि


मऊ, 12 अप्रैल (वार्ता). मऊ के सरायलखंसी इलाका में पुलिस आजु मुठभेड़ क के दू गो अंतरप्रांतीय शराब तस्करन के गिरफ्तार करत ओकना का गाड़ी पर लादल मिलावटी शराब बरामद कइलसि.
पुलिस से पता चलल कि भोर बेरा गश्ती करत में चिरैयाकोट से मऊ आवे वाला सड़क पर एगो पिकअप वाहन के रोके के इशारा कइलसि त ओपर बइठल लोग फायरिंग करत भागे के कोशिश कइल.
पुलिस के चलावल गोली से एगो तस्कर घवाहिल हो गइल. पुलिस वाराणसी के शिवपुर वासी घवाहिल रिक्की पटेल आ गाजीपुर के खानपुर वासी कमलेश यादव के गिरफ्तार कर लिहलसि.
एहना का गाड़ी पर पांच ड्रम मिलावटी शराब, दू गो तमंचा, कुछ कारतूस आ दू गो मोबाइल फोन बरामद भइल. शराब के दाम करीब 22 लाख होई.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।