मऊ मे घाघरा अफनाइल

मऊ के चिउंटीडांड़ रिंगबांध घाघरा के बाढ़ मे टूटे का कगार प आग गइल बा. हर घंटा एक से॰मी॰ का रफ्तार से बढ़त घाघरा नदी अवराडांड़ में नदी मे खतरा का निशान से बहुते उपर बहत बिया. पानी का टक्कर से किनार प नीचही नीचे खोह बने के अनेसा होखत बा जवब कबहियो कटान मे बदल सकेला. गौरीशंकर घाट पर नदी खतरा के निशान से 50 से॰मी॰ उपर बहतिया. त मधुबन तहसील के चक्की मूसाडोही गांव टापू बन गइल बा. देवारा इलाका के दर्जनो गाँवो बाढ़ का चपेटा मे बाड़ी सँ.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।