मऊ मे धारा 144 लागू

उत्तर प्रदेश के अतिसंवेदनशील जिला मऊ मे शान्ति व्यवस्था बनवले राखे ला जिला प्रशासन धारा 144 लगा दिहले बा. पुलिस अधीक्षक दिनेश चद्र दुबे आजु बतवले कि बकरीद आ भरत मिलाप एके दिन पड़ला का चलते जिला प्रशासन सतर्क बा. नगर के शाही कटरा स्थित मैदान के समय से पहिले खाली करा लिहल जाई. मेन रोड पर बैरिकेडिंग लगावल जात बा जेहसे नमाज पढ़े मैदान जाए वाला लोग के सुवधा होखे.
बतवले कि जिला में पर्याप्त पुलिस बल तैनात रही. नौ गो पुलिस उपाधीक्षक आ एगो अपर पुलिस अधीक्षक के तैनात खइल गइल बा. शहर में धारा 144 लागू बा आ केहू के धरना प्रर्दशन करे के अनुमति नइखे.
जान लीं कि साम्प्रदायिक नजरिया से मऊ के बहुते संवेदनशील मानल जाला. साल 2005 में भरत मिलाप का दिने एगो छौटहन बात ले के भइल बवाल पूरा शहर के सांप्रदायिकता के आग में झोंक दिहले रहुवे. ओह दौरान एक महीना ले कर्फ्यू लागल रहल शहर में.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।