मकड़ी के जाले में फंस गया शेर

जमाने की गर्दिश सितारो का फेर
मकड़ी के जाले में फंस गया शेर.

कुछ अइसने कारण से पिछला पखवारा से अँजोरिया समेत अँजोरिया परिवार के सगरी वेबसाइटन पर काम बन्द जइसन हो गइल रहुवे. हालात अब जा के काबू में आइल बा आ अब फेर अपना पुरनका रफ्तार से काम होखल शुरु हो जाई. एह बीचे जवन सुधि बन्धु लोग फोन भा इमेल से हालचाल जाने के कोशिश कइल सभका के हार्दिक धन्यवाद. कम से कम कुछ लोग त निकलल जे महसूस कइल कि अगर अँजोरिया अतना दिन से अपडेट नइखे हो पावत त जरुर कवनो समस्या बा.

खैर आदमी के हमेशा एह विचार का साथ जिये के चाहीं कि रहे ना जब सुख के दिन ही तो कट जायेगें दुख के दिन भी. रात कतनो लमहर होखो सबेर त होखहीं के बा. विघ्न बाधा से अकुताये के ना चाहीं. सही दिशा में काम होत रहो त विघ्न बाधा खतम हो जाले, तनी अबेर भलही हो जाव.

चलीं फेर से अपना काम में लागल जाव. संजोग से आजु भगवान विश्वकर्मा के जयन्तीओ ह. लगले हाथ अपना सगरी पाठकन के विश्वकर्मा जयन्ती आ राष्ट्रीय श्रम दिवस के हार्दिक बधाइयो देत चलत बानी.

राउर,
संपादक, अँजोरिया

3 Comments

  1. omprakash amritanshu

    संपादक जी प्रणाम ,
    अंजोरिया के साथे जवन भी घटना घटल हमारा ओकर जानकारी न रहे .हम जाने के कोशिश करेवाला रहीं लेकिन कुछ उलझन में उलझ गइली . एह से हम माफी मांगल चाहत बनी .
    राउर
    ओ.पी . अमृतांशु

  2. रामरक्षा मिश्र विमल

    विश्वकर्मा भगवान के जय.
    देर से ही सही सभ ठीक त हो गइल.बहुत चिंता होखत रहल हा कि अतना देर काहें हो रहल बा अँजोरिया के अपडेट होखे में.
    विश्वकर्मा भगवान के पूजा के अवसर प हमार शुभकामना स्वीकार करीं.
    -रामरक्षा मिश्र विमल

  3. Tasleem Khan

    Kavano bat nahi ba. Arey e t ghar ke mamla ba. are mile tabo theek na mile tabo theek. Oh bhulayela ke bhulayel na kahala jawan subah ke gaye sham ke ghare aa gayel.
    dhanyabad…..
    Tasleem