मगध एक्सप्रेस ट्रेन के एसी बोगी मे आग लगला से अफरातफरी

बिहार मे पूर्व मध्य रेलवे के दानापुर मुगलसराय रेलखंड पर चौसा स्टेशन का नियरा काल्हु दिल्ली से पटना आवत मगध एक्सप्रेस ट्रेन के एगो वातानुकूलित डिब्बा मे आग लाग गइल. मुगलसराय टीसन से खुलते ट्रेन के यात्री एसी फर्स्ट कोच से धुंआ निकलत देखलें आ ओह लोग के हल्ला कइला का बाद ट्रेन के कर्मनासा नदी का बाद चौसा टीसन पर रोकल गइल. ट्रेन रुकते सवारियन में अफरातफरी मच गइल. कूछ लोग आपन सामान बचा लिहल जब कि कुछ लोग के सामान डिब्बा में जर गइल. बाकी ट्रेन से एह डिब्बा के अलग कर दिहल गइल आ डिब्बा पूरा तरह से जर गइल.

एह घटना में केहू के घाहिल होखे भा मरे के खबर नइखे, हँ कुछ लोग के सामान जरूर जर के बरबाद हो गइल.

आग कइसे लागल एकर जाँच शुरू कर दिहल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।