मढ़ौरा में महतारी का साथे दू गो बचवनो के मौत

सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के सेमलसराय गाँव में मंगल का राते खटिया पर सूतल अनिता आ ओकरा एगो बेटा आ बेटी के आग में जर के मौत हो गइल. दीनानाथ महतो के मेहरारु अनिता देवी के भाई ससुरालवालन पर केस दर्ज करवले बाड़न कि ई लोग तीनो के हत्या कइले बा.

गाँव वालन के कहना बा कि दिन में सबकुछ ठीके लउकल रहुवे. पता ना बाद में का भइल आ कइसे आग लागल से बूझात नइखे. आखिर केहु कइसे अपने बचवन के जरा के मुआ दी. मढौरा पुलिस एह घटना के हत्या के मामिला मान के तफतीश करत बिया. एगो अपाहिज बूढ़ छोड़ घर के सगरी सवाँग फरार हो गइल बाड़े. हालांकि केस में ओह अपाहिज बूढ़उओ के नाम डालल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।