मण्डी से भोजपुरी मण्डी में राहुल सिन्हा

भोजपुरी आ मैथिली सिनेमा में अबही ले थियेटर कलाकारन के मुख्य भूमिका में बहुते कमी लागत रहुवे. अब एह कमी के पूरा करे आइल बाड़न बिहार के सहरसा वासी राहुल सिन्हा. दिल्ली रंगमंच से जुड़ल राहुल साल 2001 में रंगमंच “मण्डी” से एक साल के डिप्लोमा करके मुम्बई अइले. एहसे पहिले ऊ पटना में इप्टा से जुड़ल रहले. अब राहुल सिन्हा मैथिली फिल्म “सजना के अंगना में सोलह श्रृंगार” में मुख्य नायक के भूमिका करत बाड़े. एकर निर्देशक हउवें मुरलीधर आ निर्माता संदीप झा. रंगमंच के ई मँजल कलाकार पियूष मिश्रा से रंगमंच के बारीकी सिखलसि आ मुम्बई अइला का बाद कृष्णा अर्जुन, क्राइम पेट्रोल, हकीकत, बाहुबली वगैरह धारावाहिकन में मुख्य भूमिका निभवलसि.

राहुल सिन्हा जल्दिये तीन गो बड़हन भोजपुरी फिलिमन में नायक बन के आवे वाला बाड़े. मैथिली आ भोजपुरी दुनु पर बढ़िया पकड़ राखे वाला राहुल के कहना बा कि ऊ भाषा ले बेसी महत्व कहानी के बढ़िया प्लाट के दीहें. रउरा कवनो भाषा में काम करवा लीं. थियेटर के कलाकार हईं, हर भाषा पर पकड़ बा. राहुल जल्दिये एगो हिन्दीओ फिल्म दिलनशीं में मुख्य भूमिका में नजर अइहे.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।