मधुबाला के सीमा सिंह

Seemaभोजपुरी डांसिंग क्वीन सीमा सिंह हाल ही में भोजपुरी फिलिम ‘मधुबाला’ के शूटिंग खतम कइलइ ह. राकेश मिश्रा अउर तनुश्री के मुख्य भुमिका वाली एह फिलिम में सीमा सिंह हमेशा का तरह फेरु एगो कमाल के आयटम नंबर कइले बाड़ी.

सीमा सिंह बतावत बाड़ी कि एह फिलिम में उनुका कास्ट्यूम पर बहुते धेयान दिहल गइल बा.

जाने जोग इहो बा कि सीमा सिंह के फिलिमन में अनेके फिलिमन के टायटल लाजवाब बा. जइसे कि ‘दुलहनिया ले जाई दिलवाला’ अउर ‘मधुबाला’.

हिन्दी के मशहूर फिलिम ‘दिलवाले दुलहनिया ले जायेंगे’ के बाद अब भोजपुरी में बनत बा ‘दुलहनिया ले जाई दिलवाला’. एहू फिलिम ला सीमा सिंह हालही में एगो आयटम नंबर शूट करवली. एह आयटम ला सीमा सिंह खातिर खास तौर पर हरियर रंग के कास्ट्यूम तइयार करावल गइल. सीमा कहली कि फिलिम के नाम सुन के चिहुँक गइल रही काहे कि दिमाग में शाहरुख खान आ काजोल के चेहरा घूमे लागल रहुवे.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।