मध्यप्रदेश मे एक नवंबर से परचा दाखिल होखे लागी

भोपाल 30 अक्टूबर (वार्ता) मध्यप्रदेश विधानसभा चुनाव ला परचा दाखिल करे के काम अधिसूचना जारी भइला का बाद एक नवंबर से शुरू होखी एकरा ला सगरी इंतजाम क लीहल गइल बा.

अबकी 230 विधानसभा क्षेत्र खातिर रिटर्निंग आफिसर नियुक्त कइल गइल बा आ हर विधानसभा क्षेत्र में 2 गो असिस्टेंट रिटर्निंग आफिसरो तैनात भइल बाड़े.

अधिसूचना जारी होखला का साथ ही एक नवंबर के सबेरे 11 बजे से दुपहरिया तीन बजे का बीच परचा दाखिल कइल जा सकी. आखिरी तारीख 8 नवंबर बा. दाखिल परचा 9 नवंबर के जाँचल जाई आ बाद में 11 नवंबर ले परचा वापिस लीहल जा सकी.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।