मनमोहन के अनदेखी कइले करुणानिधि

तमिलनाडू का यात्रा पर गइल मनमोहन सिंह के स्वागत में प्रोटोकॉल का हिसाब से मुख्यमंत्री के जाइल चाहत रहुवे बाकिर करुणानिधि ओह समय एगो तमिल कवि के सम्मान आ उनकर किताब के विमोचन में गइल बेसी जरुरी समुझलें. बाद में रात का खाना पर प्रधानमंत्री से उनकर भेंट के कार्यक्रमो रद्द कर दिहल गइल. वइसे आजु सबेरे करुणानिधि मनमोहन सिंह से भेंट कइले.

असल में टूजी स्पेक्ट्रम घोटाला का सिलसिला में द्रमुक के मंत्री ए राजा आ करुणानिधि के बेटी से जुड़ल एगो संस्था पर सीबीआई के छापा से करुणानिधि नाराज बतावल जात बाड़न. शायद इहे नाराजगी रेघियावे खातिर ऊ काल्हु प्रिटोकॉल के नकार दिहलें.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..