मनमोहन के अनदेखी कइले करुणानिधि

तमिलनाडू का यात्रा पर गइल मनमोहन सिंह के स्वागत में प्रोटोकॉल का हिसाब से मुख्यमंत्री के जाइल चाहत रहुवे बाकिर करुणानिधि ओह समय एगो तमिल कवि के सम्मान आ उनकर किताब के विमोचन में गइल बेसी जरुरी समुझलें. बाद में रात का खाना पर प्रधानमंत्री से उनकर भेंट के कार्यक्रमो रद्द कर दिहल गइल. वइसे आजु सबेरे करुणानिधि मनमोहन सिंह से भेंट कइले.

असल में टूजी स्पेक्ट्रम घोटाला का सिलसिला में द्रमुक के मंत्री ए राजा आ करुणानिधि के बेटी से जुड़ल एगो संस्था पर सीबीआई के छापा से करुणानिधि नाराज बतावल जात बाड़न. शायद इहे नाराजगी रेघियावे खातिर ऊ काल्हु प्रिटोकॉल के नकार दिहलें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।