मनीष कुमार ले आवत बाड़ें ‘तोह बिन जियल न जाई‘

TBJNJ-teamमनीष राज फिल्मस एण्ड अभिनव क्रियेशन्स के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम “तोह बिन जियल न जाई” के शूटिंग अगिला महीना से बिहार आ झारखंड में करावल जाई. रोंमाटिक आ एक्शन भरल एह फिलिम में कुल आठ गो गाना रही. गाना के रिकार्डिग मुम्बई में करावल जात बा.

निर्माता मनीष कुमार, गीत-संगीतकार मनोज मोहित, लेखक निर्देशक गुडडु रूप, सह निर्देशेक बिजू पाल, सह निर्माता अरविंन्द कुमार, संवाद राम नारायण शर्मा, एडिटर अभिनव, नृत्य शिवम, फाईट छोटू, छायांकन मनोज कुमार, गायक पवन सरगम, आ पिंकी कुमार मंगलम.

मुख्य कलाकारन में पवन सरगम, पिंकी, पवन, मनोज मोहित, बिजू पाल, ममता, प्रियंका, अंशू, प्रवीण दिवाकर, आशोक सिन्हा, सोनी आ सौरभ के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।