मनोज गुंजन के यादव पान भण्डार

Gunjan Pant and Manoj Tiwari

भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी खातिर यादव पान भण्डार एगो खास फिल्म बा काहे कि एहमें ऊ पहिला बेर कवनो पान वाला के किरदार में बाड़े. उनकर नायिका बाड़ी गुंजन पंत. फिल्म के निर्माण पायल दुबे कर रहल बाड़ी आ प्रस्तोता रहीहें जितेश दूबे. अजय कुमार का निर्देशन में बने जा रहल एह फिल्म में देखावल जाई कि कइसे एगो पनवाड़ी अपना जिनिगी के झंझावात झेलत बा.

मनोज तिवारी आ गुंजन पंत के जोड़ी पहिला बेर बनल बा कवनो फिल्म में. कहली कि मनोज तिवारी जी का साथे काम कर के बहुते कुछ सीखे के मौका मिलल. एक से बढ़ के एक वास्तविक आ खूबसूरत लोकेशन पर फिल्म शूट हो रहल बा. जितेश दूबे एह फिल्म में मनोज तिवारी के अभिनय कौशल से बहुते खुश बाड़े. जितेश दूबे एहसे पहिले भोजपुरी के सुपर डुपर हिट फिल्मधर्मवीर, मुन्नीबाई नौटंकीवाली आ बृजवा बना चुकल बाड़े. भोजपुरी सुपर स्टार रविकिशन, गुंजन पंत आ दीपक दूबे का साथ उनकर फिल्म मार देब गोली केहू ना बोली के शूटिंग पूरा हो गइल बा.

यादव पान भंडार में मनोज आ गुंजन का साथे दीपक दूबे, बृजेश त्रिपाठी, आ सीमा सिहं के बड़हन भूमिका बा. गीत श्याम देहाती के, संगीत मधुकर आनन्द के, आ एक्शन डायरेक्शन शकील शेख के बा.


स्रोत : शशिकान्त सिहं, रंजन सिन्हा

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।