मनोज चौधरी आ पवन सिंह ले आवत बाड़े ‘डकैत’

‘गुंडईराज’ जइसन सुपरहिट फिल्म देबे वाला निर्माता मनोज चौधरी आ सुपरस्टार पवन सिंह के जोड़ी गुण्डई से बढ़ि के डकैती पर चढ़ आइल बा. ई जोड़ी अपना फिल्म ‘डकैत’ से एक बेर फेरु धमाल मचावे खातिर तइयार बा. मिथिला टॉकिज के बैनर तले बनत एह फिल्म में पवन डकैत के टाईटिल भूमिका में बाड़न. एह फिल्म में उनुकर शानदार एक्शन स्टंट देखे के मिली.

लेखक-निर्देशक रवि भूषण के एह फिल्म में पवन सिंह का साथे मोनालिसा, चांदनी चोपड़ा, प्रतिभा पाण्डेय, मनोज टाईगर, ब्रजेश त्रिपाठी , मनीष चतुर्वेदी, आनंद मोहन, अनिल यादव, विजया, सुबोध सेठ, आफरीन, सोम भूषण, संजय वर्मा के प्रमुख भूमिका बा. गीतकार विनय बिहारी, संगीतकार मधुकर आनंद, एक्शन मास्टर रियाज सुल्तान हउवें.

अबही फिल्म के पोस्ट प्रोडक्शन के काम मुंबई में जोर-शोर से कइल जात बा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..