मनोज तिवारी आजुओ बाड़े निर्माता लोग के पहिला पसन्द

भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी आजुओ तमाम बड़का निर्माता निर्देशकन के पहिला पसंद बनल बाड़े आ मुंहमांगल दाम पर उनुका के साईन कइल जा रहल बा.

मनोज तिवारी आ निर्देशक असलम शेख की सुपर हिट जोड़ी फिल्म ‘दयावान’ में फेर से जुड़ल बा. एकरा अलावे अभय सिन्हा के फिल्म ‘इंसाफ’ में, जितेश दुबे के फिल्म ‘यादव पान भंडार’ में, फिल्म ‘अंधा क़ानून’ में, राहुल रॉय के फिल्म ‘एलान’ में, आलोक कुमार के ‘गंगा जमुना सरस्वती’ समेत कई फिलिमन में आवे जा रहल बाड़े,

अभय सिन्हा के फिल्म ‘इंसाफ’ में मनोज तिवारी आ पवन सिंह पहिला बेर एक साथ नज़र आई लोग. दुनु कलाकार एक साथ 25 दिन के डेट दिहले आ फिल्म ‘इंसाफ’ 28 दिन में पुरा हो गइल. ई पूरा भोजपुरी फिल्म इण्डस्ट्री खातिर एगो उदाहरण बन सकेला.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..