मनोज तिवारी एगो शेरनी के गोद लिहले

सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार आ गायक मनोज तिवारी पटना संजय गांधी जैविक उद्यान के नौ दिन के शेरनी उर्वशी के अगिला एक साल खातिर गोद लिहले बाड़न. बिहार में मनावल जात हे वन्य प्राणी सप्ताह में पिछला शनिचर का दिन “जीव-जन्तुओं के लिए पदयात्रा” में शामिल भइल मनोज तिवारी एह काम खातिर उपमुख्यमंत्री सह वन एवं पर्यावरण मंत्री सुशील कुमार मोदी के डेढ़ लाख रुपये के चेक सँउपले. एह मौका पर मनोज तिवारी ‘आरे हो बिहार के लाला’ गीतो सुनवलें आ ओहिजा मौजूद लोगन का साथे वन्य प्राणी सुरक्षा के संकल्प लिहले.

एह मौका पर वन एवं पर्यावरण मंत्री सुशील मोदी कहलन कि राज्य सरकार एह दिसाईं अपना आर्थिक सक्षमता का बावजूद एह योजना के एहले चलवले बिया कि आम लोग में पशु-पक्षियन खातिर हमदर्दी के भाव जागे. पर्यावरण, वनस्पति, जीव-जन्तु के सुरक्षा के मानव जीवन खातिर बेहद ज़रूरी बतावत मोदी कहलन कि प्रकृति से एका राखिए के मानव जाति के रक्षा कइल जा सकेला.

एह समारोह में बिहार विधानसभा अध्यक्ष उदय नारायण चौधरी, विधायक पूनम देवी, विकास आयुक्त फूल सिंह, वन एवं पर्यावरण विभाग के सचिव दीपक कुमार सिंह आ प्रधान मुख्य वन संरक्षक बीए खान, मुख्य सचिव के पत्नी विमला सिन्हा समेत अनेके खासमखास लोग मौजूद रहल.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..