भोजपुरी के मेगास्टार मनोज तिवारी का मेहनत से पूर्वांचल में फिल्म सिटी बने के राह साफ हो गइल बा. गोरखपुर विकास प्राधिकरण एह काम खातिर चालीस एकड़ जमीन उपलब्ध करा दिहले बा. मनोज तिवारी एकरा खातिर दूसौ एकड़ जमीन मँगले रहलन. करीब दू सौ करोड़ रुपिया के लागत से बने वाला एह फिल्म सिटी से गोरखपुर में हजारो लोगन के सोझे भा घूमा के रोजी रोजगार मिल जाई. फिल्म सिटी के निर्माण में दू साल के समय लागी. मनोज तिवारी के कहना बा कि फिल्म सिटी बन गइला का बाद मुंबई, हैदराबाद, बैंगलुरु के सितारा गोरखोपुर में लउके लगीहें आ नौजवानन के काम मिली से उपर से. एहिजा से श्रम पलायन के परंपरा बन्द होखी आ फिल्म सिटी का चलते गोरखपुर पर्यटन का नक्शो पर आ जाई.
(स्रोत – शशिकान्त सिंह)
sachchaee ketna ba…
holland ke stamp wala wakya hamni ke yaaad ba..
yani manoj tiwari propeganda me jiye ke bahut adat ba….ya gorakhpur se chuwav lade khatir field bana rahal bade.
मनोज भाई बहुत अच्छा काम कर रहल बाने ,सबसे बड़ी बात बा के उ अपने भोजपुरी फिलम और संगीत के और भोजपुर भासा के परचार करत बाने भगवन उनके लम्बी उम्र दे
Monaj bhai ka mail id baa ka unse contact ho shke ka
or kuno blog id ho
vicky