मनोज तिवारी के ‘गोबर सिंह’ 14 जून से बिहार में

gobar-singh-manojभोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के फिलिम ‘गोबर सिंह’ 14 जून के बिहार में रिलीज होखत बा. चर्चित निर्देशक बॉबी सिंह का निर्देशन में बनल एह फिलिम में मनोज तिवारी के साथ देबे वाला कलाकारन में रिंकू घोष, पारुल यादव, संतोष सिंह, फूल सिंह, नवल किशोर, राकेश त्रिपाठी, मोना राय, विकास सिंह वीरप्पन, प्रभुनाथ सिंह, राजेश तोमर वगैरह के नाम खास बा. साथ ही एहमें खुद निर्देशक बॉबी सिंह आ महाराष्ट्र के कांग्रेसी नेता कृपा शंकर सिंहो नजर अइहें.

निर्देशक बॉबी सिंह के कहना बा कि ‘गोबर सिंह’ गांव के एगो सिधवा बाकिर समस्या के साधे में माहिर नवही ह जवन अपना गाँव के समस्या के समाधान करे खातिर शहर चहुँपत बा आ फेर शुरू होखत बा जद्दोजहद. एह फिलिम में कुल आठ गो गाना लाल सिन्हा के संगीत से सजल बा. गीतकार हउवें श्याम देहाती आ राजेश मिश्रा. पटकथा आ संवाद लेखक राकेश त्रिपाठी अउर मनोज कुशवाहा हउवें.

पिछला दिने मुंबई में गोबर सिहं के ट्रायल शो भइल त देखे वाला लोग जबरदस्त तारीफ कइल एह फिलिम कें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..