मनोज तिवारी के मिलल मुँह माँगल दाम

मनोज तिवारी हालही में एगो नया रिकार्ड बनवले बाड़न. उनुका के फिल्म “सामने वाली से नैना चार हो गइल” खातिर फिल्म के निर्माता प्रिया बिस्कुट कंपनी एकावन लाख रुपिया के मुँहमाँगल रकम देके साइन कइले बिया. आजु ले कवनो भोजपुरी सितारा के कवनो फिलिम खातिर अतना बड़ रकम नइखे मिलल. एह फिल्म के मुहुर्त होटल नोवाटेल में करावल जा चुकल बा आ जल्दिये एकर शूटिंग गोवा मे शुरु होखे वाला बा. फिल्म के नायिका
लीजा मलिक, उत्तम कुमार, नंबर वन खलनायक संजय पांडे आ विकासो कुमार के बढ़िया रकम दिहल गइल बा एह फिल्म खातिर.

मशहूर अभिनेता प्रेम चोपड़ा एही फिल्म से भोजपुरी सिनेमा में प्रवेश करे जा रहल बाड़े. फिल्म के डिजिटल प्रोमो तइयार कर के इंटरनेट पर रिलीज कइल जाई. फिल्म के प्रोमोट करे खातिर कई गो बड़ मोबाइल कंपनी आगा आ रहल बाड़ी सँ. मानल जा रहल बा कि एह फिल्म से भोजपुरी सिनेमा के एगो नया आयाम मिले जा रहल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।