मनोज तिवारी के सम्मानित कइलस मुंबई के उत्तर भारतीय संघ

मुंबई के उत्तर भारतीय संघ अपना स्थापना के साठवाँ वर्षगाँठ मनावे का मौका पर षणमुखानन्द सभागार, किंग्स सर्कल में एगो भव्य समारोह में उप मुख्यमंत्री छगन भुजबल, मंत्री नारायण राणे, मंत्री मो॰आरिफ नसीम खान, विधायक कृपाशंकर सिंह, सांसद एकनाथ गायकवाड, पूर्व संसद ब्रह्मदेव आनन्द पासवान, पूर्व मुंबई पुलिस कमिश्नर एम एन सिंह, हमारा महानगर के संपादक द्विजेन्द्र तिवारी वगैरह का मौजूदगी में विश्व विख्यात गायक आ भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी मृदुल के संघ के स्मृतिफलक, शाल आ गुलदस्ता दे के सम्मानित कइलस.

बाद में अपना गीतन से मनोज तिवारी हजारो श्रोता कें मन मोह लिहलें. समारोह के संचालन रामबक्श सिंह, स्वागत आर एन सिंह आ आबार प्रदर्शन संजय सिंह कइलें.


(स्रोत : कपिलदेव खरवार )

1 Comment

  1. santosh Kumar

    badhai aa hardik subhkamna
    santosh patel
    convenor
    Indraprastha Bhojpuri Parishad
    New Delhi

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।