मनोज तिवारी क नया संगीतमय शो ‘भारत की शान’


भोजपुरी मेगा स्टार आ लोकप्रिय गायक मनोज तिवारी अब एगो नया संगीतमय रियलटी शो ‘भारत की शान’ के एंकरिंग करीहें. म्यूजिकल शो के सशक्त पहचान बन चुकल गजेन्द्र सिंह क कंपनी साई बाबा टेलीफिल्म्स एकर निर्माण करत बिया. शो के प्रसारण दूरदर्शन पर 23 अप्रैल से हर सोमार आ मंगल क रात साढ़े नौ बजे से होखल करी.

देश के कोना-कोना से आइल संगीत प्रतिभा के हौसला अफजाई मनोज तिवारी करीहन त गायिका उषा उलुण आ इस्माइल दरबार ओह लोग के मूल्यांकन करीहें. एह शो में महानगर आ गै़र महानगरीय प्रतिभा का बीचे मुकाबला होखी.

गौरतलब बा कि मनोज तिवारी के एंकरिंग वाला भोजपुरी शो ‘सुरों का महासंग्राम’ महुआ टीवी पर धमाल मचवले बा. एहसे पहिले मनोज तिवारी संचालित ‘चक दे बच्चे’, ‘फोक जलवा’, ‘सुर संग्राम’, ‘नहले पे दहला’, ‘चक दे बच्चे शहर दी कुड़ियां’, ‘गली दे मुंडे’ जइसन शो लोकप्रिय रहल बाड़ी सँ. ‘फोक जलवा’ से संगीतमय शो क शुरुआत के श्रेयो मनोजे तिवारी क जाला. उनुके बदौलत ‘सुरों का महासंग्राम’ के जबरदस्त टी.आर.पी. मिलत बा. एकरा टीआरपी से हिंदी के बड़हनो चैनलन के शिकस्त मिलला से साफ हो जात बा कि भोजपुरिया दर्शक मनोज तिवारी के कुशल सचालपन पर फिदा बाड़े.


(शशिकांत सिहं के रपट)

2 Comments

  1. vikash kumar

    bahut khushi k baat baate ki durdarshan pe prasaran hokhe wala karyakaram ek bhojpurian jawan kar rahal baate,,,,,,,,……………………

  2. alok kumar pathak

    I want to participate the reality show “Bharat ki Shan” presented by sai baba telefilms. My Ct. No. is 80545 -12294.