मनोज तिवारी खातिर शगुनिया बाड़ी गुंजन पंत

गुंजन पंत आजु काल्हु अतना खुश बाड़ी कि धइले नइखी धरात. असल में कुछ दिन पहिले मनोज तिवारी गुंजन पंत के तारीफ करत इहो कह दिहले कि गुंजन पंत उनुका खातिर बहुते शगुनिया बाड़ी. दुनु जने जितेश दुबे के फिल्म “यादव पान भण्डार” में साथे काम कर रहल बाड़े. फिल्म के आखिरी शूटिंग शेड्यूल जब पनवेल के सुर्वे फार्म हाउस में चलत रहे त एगो गाना फिल्मावत घरी मनोज तिवारी के पता लागल कि उनुका के इण्डिया टूडे देश के नवरत्नन में शामिल कइले बिया आ देश के चुनिंदा लोगनो में. एही पर मनोज तिवारी गुंजन के शगुनिया बता दिहले. ओकरा बाद से गुंजन पंत के खुशी के ठिकाना नइखे. बतावत चलीं कि हालही में एगो संस्था गुंजन पंत के सर्वश्रेष्ठ नायिका के पुरस्कार से सम्मानित कइले बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।