मनोज तिवारी ‘नाच नचईया धूम मचईया’ के एंकर बनलें

छोटका परदा पर सबसे सफल भोजपुरी रियलटी शो ‘सुर संग्राम’ अउर ‘नहले पे दहला’ के मजगर संचालन कर के महुआ के दुनिया भर में प्रसिद्धि दिआवे वाला भोजपुरी फिलिमन के मेगा स्टार मनोज तिवारी के एक हाली फेर महुआ अपना डांस रियलटी शो के संचालन के जिम्मा दिहले बा. अब मनोज तिवारी महुआ के रियलटी शो ‘नाच नचईया धूम मचाईया’ के बाकी एपिसोड के संचालन करीहें.

मानल जात बा कि अब एह शो के लोकप्रियता अउरी बढ़ी आ अब ई डांस शो अउरी धूम मचा के राखि दी. एह शो के प्रतिभागियन में भोजपुरी के नंबर वन अदाकारा रिंकू घोष, डांसिंग क्वीन सीमा सिंह आ चर्चित अभिनेत्री अनारा गुप्ता वगैरह बा लोग.

एह शो के प्रसारण हर शनिचर आ अतवार रात आठ बजे से महुआ टीवी पर होखल करेला.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।