मनोज तिवारी बनले लोकप्रिय डाउनलोड सेलिब्रेटी

manoj-tiwari-elanसिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी बीतला साल 2012 में मोबाइल फोन पर सबले अधिका डाउनलोड कइल जाए वाला भोजपुरी सेलिब्रेटी रहलें. फोटोग्राफो डाउनलोड होखे क श्रेणी में मनोज तिवारी लगातार टॉप पर बाड़न. वॉल पेपर डाउनलोडो में मनोज तिवारी अव्वल रहले.

आ एह डाउनलोड करे वालन में बिहारे यूपी के लोग ना रहल बलुक पूरा देश के लोग रहल. मनोज तिवारी के गावल गाना ‘जिया ए बिहार के लाला…’ त खूबे डाउनलोड भइल.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।