मनोज तिवारी – संगीता तिवारी के जोड़ी ‘इंसाफ’ में

भोजपुरी मेगास्टार मनोज तिवारी ‘मृदुल’ आ खूबसूरत अदाकारा संगीता तिवारी के जोड़ी पहिला बेर निर्माता अभय सिन्हा के फिल्म ‘इंसाफ’ में पहिला बेर बनल बा. यशी फिल्म्स प्रा॰लि॰ का बैनर में बनत एह फिल्म के निर्देशक अजय श्रीवास्तव हउवें. फिल्म में पति पत्नी बनल मनोज तिवारी आ संगीता तिवारी पर एक से बढ़कर एक सुपरहिट गाना आ सीन फिल्मावल गइल बा.

पारिवारिक विषयवस्तु पर बनल एह फिल्म में सुपरस्टार पवन सिंह, क्रिशा खण्डेलवाल, उर्वशी चौधरी, अवंतिका, सिद्धार्थ रॉय, रवि उज्जैन, प्रिया पाण्डेय, संतोष श्रीवास्तव, दीपक सिन्हा, अनुप अरोडा व गजेन्द्र चौहान के प्रमुख भूमिका बा. गीतकार अशोक कुमार दीप, विनय बिहारी आ संगीतकार अशोक कुमार दीप हउवे.

फिल्म में सीमा सिंह एगो आयटम गीत में नजर अइहे. कैमरामैन शकील अंसारी, कथा-पटकथा अजय श्रीवास्तव, संवाद मनोज कुशवाहा, नृत्य राम देवन, कानू मुखर्जी, व पप्पू खन्ना, एक्शन शकील शेख, कला विजय दास आ कार्यकारी निर्माता अंजनीकांत श्रीवास्तव हउवे.

फिल्म निर्माता अभय सिन्हा “इंसाफ” से पहिले भोजपुरिया परदा खातिर ‘‘बंधन टूटे ना”, “प्यार के बंधन’’, ‘‘धरती कहे पुकार के’’, “राजा ठाकुर’’, ‘‘जनम-जनम के साथ’’, “हम बाहुबली’’ आ ‘‘रणभूमि’’ जइसन फिलिम बना चुकल बाड़न.
फिल्म दुर्गा पूजा का समय रिलीज होखी.


(स्रोत – प्रशांत-निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..