मनोज तिवारी संगे कांग्रेसी नेता कृपाशंकर सिंह 30 अगस्त से बड़का परदा पर

GOBAR-posterभोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के फिलिम ‘गोबर सिंह’ जवना के ढेर दिन से इंतजार रहुवे अब 30 अगस्त के मुंबई में रिलीज होखत बिया. मुंबईया थियेटर एकरा ला पहिलही से तइयार बाड़ें. आमतौर पर पुरबिया लोगन के मन के भांपे वाला ई थियेटर अरसा से भोजपुरी फिलिमन ला आक्सीजन के काम करत बाड़ें. ‘गोबर सिंह’ के कहानी में पूरब के खुशबू महसूस होखी, अइसने दावा वा. बाकिर सबले खास बाति इ बा कि महाराष्ट्र के राजनीति में निकहा रसूख वाला कांग्रेस नेता जौनपुरिया कृपा शंकर सिंह एहमें अभिनय कइले बाड़ें. सियासत के हाथ सिनेमा में कतना कामयाब होखी से दर्शकन पर निर्भर बा. पिछला दिने जब ई फिलिम उत्तर प्रदेश आ बिहार में रिलीज भइल त बढ़िया तहलका मचलवलसि. एहसे एह फिलिम से जुड़ल लोग मुंबई पर ढेर आस लगवले बा.

मनोज तिवारी के कहना बा कि फिलिम के पूरबिया सुगंध सभका पर असर डाली. एह फिलिम के अधिकातर हिस्ससा जोणपुर मे शूट भइल बा. निर्देशक बॉबी सिंह के एह फिलिम में मनोज तिवारी आ कृपाशंकर सिंह का अलावा रिंकू घोष, पारुल यादव, संतोष सिंह, फूल सिंह, नवल किशोर, राकेश त्रिपाठी, प्रभुनाथ सिंह वगैरह शामिल बाड़ें.

सियासत से फिलिम आ उहो भोजपुरी फिलिम का सवाल पर कृपाशंकर सिंह के कहना बा कि मनोज तिवारी आ बॉबी सिंह के छरियइला का चलते उ ना ना कह पवलें. अब उ देखल चाहत बाड़ें कि आम लोग उनुका किरदारा का बारे में कइसन राय बनावत बा.

एहमें आठ गो गाना बा आ कई गो खुद मनोज तिवारी गवले बाड़न.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *