मनोज तिवारी 20वीं मंज़िल से छलांग लगवलें

हालही अपना फिलिम ‘गंगा जमुना सरस्वती’ के शूटिंग करत में भोजपुरी मेगास्टार मनोज तिवारी एगो बहुते खतरनाक स्टंट सीन कइलन जवना में बीसवाँ मंजिल से छलांग लगावे के रहुव. मनोज तिवारी के बहुते समुझावे के कोशिश कइल गइल कि अइसन सीन मत करीं, डुप्लीकेट से करवा लिहल जाई जे स्टंट सीन करे खातिर अनुभवी होलें बाकिर मनोज तिवारी खुदही स्टंट सीन देबे पर अड़ गइलें. ओकरा बाद सेफ्टी वायर बान्ह के बीसवीं मंजिल से छलांग लगा दिहलें. एह खतरनाक स्टंट सीन पर सभे ताली बजा के स्वागत कइल.

बाद में सीन के डबिंग करत घरी मनोज तिवारी जब सीन देखलें त बहुते डेरा गइलें. कहलन कि सीन करत घरी त डर ना लागल रहे बाकिर आजु जब सीन देखत बाड़न त मन में डर समा गइल. कहीं सेफ्टी वायर टूट जाइत भा दोसर कवनो हादसा हो जाइत तब ? इहे सब सोचत थोड़ देर ला ऊ खामोश हो गइलन कि दर्शकन के मनोरंजन खातिर कलाकार का का ना करसु.

एह फिल्म में भोजपुरी के तीनो सुपर स्टार एक साथ काम कइले बाड़न आ ‘गंगा जमुना सरस्वती’ फिलिम जल्दिए रिलीज होखे वाली बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।