मनोज पाडे के भोजपुरी के सलीम जावेद बतवलें हैदर काजमी

सिनेमा भोजुपरी के सलीम जावेद हउवें लेखक मनोज पांडे. ई कहना बा ‘कालिया’ फिल्म के निर्माता आ अभिनेता हैदर काजमी के. मनोज पांडे अबही ले ‘मर्द तांगेवाला’, ‘कालिया’, ‘दिवानगी’, ‘बेनाम बादशाह’, ‘लाल दुपट्टे वाली’, अउर ‘घमासान’ वगैरह भोजपुरी फिलिमन के पटकथा आ संवाद लिख चुकल बाड़ें. उत्तर प्रदेश के वाराणसी से सटले चंदौली जनपद के चहनिया निवासी मनोज पांडे के पढ़ाई मध्य प्रदेश में भइल. ‘कालिया’ के संवाद लेखक मनोज पांडे के कहना बा कि ई फिलिम उनुका ला बहुते सगुनिया साबित भइल आ एकरा बाद उनुका के छह गो फिलिम ला साइन कइल जा चुकल बा.

हैदर काजमी का नजर में मनोज पांडे के सबले बड़ खासियत ह समय पालान आ ईमानदारी. कहलन कि पहिले हम हर संवाद लेखक के स्कूली बचवन लेखा बइठा के संवाद रिपेयर करवावत रहलीं जइसे टीचर करेलें. एह से मन अँउजिया जात रहे. अब मनोज पांडे के रूप में उनका सिनेमा भोजपुरी के का सलीम जावेद मिल गइल बाड़ें. मनोज पांडे के लिखल ‘कालिया’ के संवाद में निर्देशक शिवराम यादव आ हैदर काजमी एकहु शब्द ना हिला पवलें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..