मनोज पाण्डेय अभिनीत ’खोंईछा’ क शूटिंग मुजफ्फरपुर में

एल.के. प्रोडक्शन के बैनर में बनत भोजपुरी फिल्म ’खोंईंछा’ की शूटिंग एहघरी बिहार के मुजफ्फरपुर में चलत बा. पारिवारिक कहानी आ रीति रिवाजन पर बनल एह फिलिम में एक्शन किंग मनोज पाण्डेय पहिला हाली देहाती भेशभूषा में अभिनय करत नजर अइहन. उनुका सोझा नायिका रहीहें अपूर्वा जे अपना सेक्सी अदाअन से मनोज पाण्डेय संगे जलवा छीटीहें.

लेखक-निर्माता कृष्णेश्वर शर्मा, निर्देशक जितेन्दर कुमार सुमन, गीत राकेश निराला आ जितेन्दर कुमार सुमन, संगीत राकेश त्रिवेदी, कैमरा शिवा चौधरी, नृत्य महादेवन, फाईट भूराज भट्ट, आ पटकथा-संवाद राकेश निराला के. मुख्य कलाकारन में मनोज पाण्डेय, अपूर्वा, सकल बलमुआ, रंजना देसाई, शशी साहनी, दिपांकर सिंह, भारतेन्दु भूषण, रूपा सिंह, राम स्वरूप भगत, कृष्णेश्वर शर्मा धर्मेन्दर सम्राट, विक्रांत गोस्वामी, नेहा तिवारी, पूजा शाह, आर के गोस्वामी, उमेश पाण्डेय, जितेन्दर पाण्डेय, शिवम तिवारी, भारती तिवारी, सीमा सिंह वगैरह के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।