मनोहर झा के ‘‘मेहरारू चाहीं मिल्की व्हाईट’’

मनोहर एस. झा प्रोडक्शन के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘‘मेहरारू चाहीं मिल्की व्हाईट’’ अब पूरा हो गइल बा. बिहार निवासी मनोहर एस झा के बनावल एह फिल्म के थीम पूरा तरह से पारिवारिक आ रोमांटिक बा. एकर गाना सुने में बहुते नीक लागे वाला बाड़ी सं. फिल्म में पहिला बेर रानी चटर्जी आ प्रियेश सिन्हा के जोड़ी एक दोसरा से नैना चार करत नजर अइहे. एकर पूरा शूटिंग मुंबई के मड-आईलैण्ड के बंगलन में करावल गइल बा. फिल्म एही साल रिलीज कइल जाई. एह फिल्म में के दू गो आइटम गाना सीमा सिंह आ पुर्णिला राय फिल्मावल गइल बा.

अब एकर पोस्ट प्रोडक्शन मुंबई में चलत बा. फिल्म के नायक प्रियेश सिन्हा बिहार के बेतिया के रहे वाला हउवन बाकिर पढ़ाई लिखाई राजस्थान के जयपुर में इंजीनियरिंग ले कइलन. प्रियेश महुआ टीवी के धारावाहिक ‘भौजी नम्बर वन’ में ऐंकरिंगो करत बाड़े. फिल्म के निर्देशक मिथिलेश अविनाश के कहना बा कि ई फिलिम एक साल के सबले सुपर हिट फिल्म होखी. आ एह से भोजपुरी फिल्म जगत के एगो नया नायको मिल जाई.

निर्माता मनोहर एस. झा, निर्देशक मिथिलेश अविनाश, लेखक वाजिद शेख, गीत विनय बिहारी, नूतन पंकज, सागर परदेशी, मिश्रा जी, संगीत राजेश गुप्ता, नूतन पंकज, फाइट मंगल फौजी, डांस प्रवीण, रितु राज, छायांकन नंदू चौधरी, आ मुख्य कलाकारन में – प्रियेश सिन्हा, रानी चटर्जी, गजेन्द्र चौहान, धीरज पंडित, दीपक सिन्हा, विष्णु कांत वर्मा, निलिमा सिंह, शमीर शेख, मेहनाज, सोनिया मिश्रा, वर्णवाला, जे. पी. सिन्हा, रत्नेश, सुशील सिन्हा जगतवाला वगैरह शामिल बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला)
मेहरारू चाहीं मिल्की व्हाट, प्रियेश

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।