मन्टू लाल साथे देखहूंवाला बोलले नारायण नारायण

MantooLalमशहूर वितरक आ निर्माता डा.सुनिल के फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ बिहार में अपना सफलता के झंडा फहरावत बिया. एह फिलिम में स्टार कॉमेडियन मन्टू लाल नारद बनल बाड़ें. मंटूलाल के अभिनय सगरो सराहल जा ता. एह फिलिम में मन्टू लाल के तकिया कलाम बा नारायण, नारायण आ एकर संवाद अदायगी दर्शकन अइसन असर डललसि कि फिलिम देखत घरी मन्टूलाल के देखते लोग नारायण नारायण त कहते बा सिनेमा घर से बहरी निकलला का बादो नारायण नारायण जीभ से उतरत नइखे. अउर त अउर अब खुद डा॰ सुनिलो मंटू लाला के देखते नारायण नारायण कहे लागत बाड़न.

मंटू लाल ट्रक ड्राईवर, सौगन्ध गंगा मईया के, नागीन, धनिया के थाना, दिलेर ये देखो मुम्बई रियल लाईफ(हिन्दी) अउर अब प्रेम दिवानी में अपना अभिनय से दर्शकन के दिल त जीतिए लिहलन सगरी बड़हन बैनरो के पहिला पसंद बन गइल बड़न. अब ‘प्रेम दिवानी’ मंटू लाल के डिमांड बढ़ा दिहले बा. देखल जाव कि दुल्हे राजा के शूटिंग में ब्यस्त मंटूलाल ओह फिलिम दुल्हे राजा में अइसने धमाल मचावत बाड़न कि ना.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..