मयंक मेहरा के भीमा

नैनीताल के मयंक मेहरा शुरु से सिनेमा का दुनिया में आइल चाहत रहले. नैनीताल में अभिनय के शिक्षा आ थियेटर में काम करे के अनुभव लेके मयंक मेहरा फिल्म बनावे के फैसला कइले त सोचले कि भोजपुरी में कवनो फिलिम बनावल जाव. मयंक के भोजपुरी भाषा में अपनापन लागेला आ सोचले कि पहिलका फिलिम बनावे खातिर भोजपुरी सही माध्यम रही. उनुका मन में भीमा के सिक्वेलो बनावे के विचार बा जवना के हिन्दीओ में बनावे के सोचत बाड़े.

भीमा के मुख्य पात्र के रोल करे वाला मयंक मेहरा रविकिशन के फैन हउवे आ रविएकिशन का तरह भोजपुरी आ हिन्दी दुनु सिनेमा में आपन जगहा बनावल चाहत बाड़े. अपना पहिला फिलिम भीमा से उनुका बहुत भरोसा बा. भीमा गाँव के एगो मासूम नवजवान ह जे एगो ठाकुर का घर में नौकरी कर के आपन जीवन चलावत बा. ई फिल्म नौकर आ मालिक के संबंध का आधार पर बनावल गइल बा आ मयंक के उमेद बा कि दर्शक उनुका काम के जरुर पसन्द करीहे.

भीमा में सुरेन्द्र पाल, कल्पना शाह, श्रीष्ठी, गिरीश शर्मा वगैरह मुख्य कलाकारन में शामिल बाड़े. फिल्म अक्टूबर ले रिलीज होखे के उमेद बा.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।