मराठी जयप्रकाश महादेव बनलन भोजपुरी हीरो

केदारनाथ मूवीज मैजिक का बैनर तले मराठी फिल्मन के विख्यात निर्मात्री के॰ वंदना दिव्यांजलि अब भोजपुरी फिल्म लागी लगन ससुरारी में बनावे जा रहल बाड़ी. एह फिल्म में मराठी सिनेमा के चर्चित निर्देशक आ अभिनेता जय प्रकाश महादेव नायक बन के आ रहल बाड़े. जयप्रकाश महादेव अनेके मराठी फिल्मन में अपना निर्देशन के लोहा मनवा चुकल बाड़े. एह भोजपुरी फिल्म में जयप्रकाश निर्देशन का साथ संगीतो के निखार के रख दिहले बाड़ें.

फिल्म के कुछ गाना जय प्रकाश महादेव के लिखल बा त कुछ दिव्यांजलि के. जयप्रकाश के कहनाम बा कि संगीत एह फिल्म के जान होखी. फिल्म के कलाकारन में जयप्रकाश महादेव का अलावा कोमल ढिल्लन, आशा कोठारी, बृजेश त्रिपाठी, सुनीता शर्मा, पृथ्वी सिंह, भेरवानी मुखर्जी, गोपाल राय (अहम किरदार में), प्रमोद गोस्वामी, विपिन सिंह, जीतेन्द्र जायसवाल वगैरह के नाम बा.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।