मर्द नम्बर वन : सात देश में एके साथ रिलीज

अपना फिल्म ससुरा बड़ा पइसावाला से भोजपुरी सिनेमा के नया जीवन देबे वाला भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी भोजपुरी सिनेमा के अंतर्राष्ट्रीय फलक दिअवले बाड़े. अब उनकर फिल्म मर्द नम्बर वन भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में एगो नया मील के पत्थर गाड़े जा रहल बिया. ई फिल्म भोजपुरी के पहिलका फिल्म होखी जवना के दुनिया के सात गो देश में एके साथ रिलीज कइल जाई. फिल्म के समुद्रपार अधिकार एगो मशहूर वितरण कंपनी ऊँच दाम पर खरीदले बिया आ एह फिल्म के भारत, नेपाल, मारीशस, हालैण्ड, मस्कट, सउदी अरबिया, आ थाईलैण्ड में एके दिने रिलीज कइल जाई.

एह खबर से भोजपुरी सिनेमा जगत में खुशी के माहौल बन गइल बा. हालैण्ड के एगो अखबार मनोज तिवारी के एह पहल के स्वागत कइले बा. लिखले बा कि एह से दुनिया में भोजपुरी सिनेमा के एगो नया ऊँचाई मिली. मनोजो तिवारी एह बारे में उत्साह में बाड़न आ कहले बाड़न कि दुनिया भर में पसरल भोजपुरी भाषियन के ई जान के गर्व महसूस होखी कि उनका अपना भाषा के फिल्म के विदेशो में रहे वाला भोजपुरिया आ गैर भोजपुरिया लोग देखी.

बतावल जा रहल बा कि सातो देश में वर्ल्ड प्रीमियरो करे पर विचार कइल जा रहल बा जवना में मनोज तिवारी का साथे मर्द नम्बर वन के पूरा टीम मौजूद रही.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।