मल्टीओप्लेक्स में हाउसफुल भइल ‘केहू हमसे जीत ना पाई’

पहिला हाली कवनो भोजपुरी फिलिम उत्तर प्रदेश के मल्टीप्लेक्स में देखावल जात बा जवना के दर्शक भरपूर स्वागत कइलन आ फिल्म हाउसफुल रहल. ई फिल्म हवे भोजपुरी के चर्चित फिल्म ‘केहू हमसे जीत ना पाई’. जब एकर प्रदर्शन गोरखपुर के सिटी मॉल सिनेमा में कइल गइल त दर्शकन के भारी भीड़ सबेरहीं से जमा हो गइल रहे आ हर केहू ई देखे के बेताब रहल कि मल्टीप्लेक्सन में भोजपुरी सिनेमा कइसन लागी.

एह फिल्म के निर्माण डा. विजाहत करीम आ सुरोहिता करीम कइले बाड़न आ निर्देशन एम.आई. राज. देशभक्ति आ सेना के कारनामा पर बनल ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ में देश के दुश्मन के नापाक क़दम के रोकत लउकीहें पूरा एक दर्जन स्टार. भोजपुरी के अब तकले के सबले बड़हन आ लीक से हटके बनल एह फिल्म के शूटिंग गोरखपुर में भइल रहल.

एह फिल्म में सुपर स्टार रवि किशन आ रिंकू घोष के जोड़ी ‘बिदाई’ आ ‘बलिदान’ का बाद एक बेर फेर सामने आइल बा. एह जोड़ी का अलावा एहमें सुशील सिंह, मनोज टाईगर, मोहित घई, राजीव दिनकर, महेश राजा, हितेन्द्र पांडे, प्रतिभा पांडे, स्वाती वर्मा, कोमल ढिल्लन, श्रीकनकनी, अयाज खान, अरुण बख्शी, दीपा ग्रेवाल, प्रमिला आ शाहबाज खान के मुख्य भूमिका बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..