मल्टीप्लेक्स में देखावल जाव भोजपुरी फिलिम – मनोज तिवारी

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार आ गायक मनोज तिवारी बिहार, यूपी आ झारखंड सरकारन से मांग कइले बाड़न कि जइसे महाराष्ट्र के मल्टीप्लैक्सन में रोजाना मराठी फिलिमन के एक शो देखावल जरूरी होला वइसही उत्तर प्रदेश, बिहार आ झारखंड के मल्टीप्लैक्सनो में भोजपुरी फिलिमन के एक शो जरूरी बना देबे के चाहीं.

मनोज तिवारी बतवले कि भोजपुरी फिलिमन के अधिकतर निर्माता अबही गैर भोजपुरी बाड़े जवना से एह संस्कृति के वास्तविक तस्वीर नइखे परोसल जात. एह राज्यन के सरकारन के चाहीं कि भोजपुरी फिलिमन खातिर राज्य स्तर पर अलगा सेंसर बोर्ड बनावे. अपना बेबाक अंदाज में मनोज तिवारी कहलन कि देश में भोजपुरी बोले वालन के गिनिती बहुते बा बाकिर ओहमें से थोड़के लोग ई फिलिम देखे चहुँपेला. एकर एगो बड़हन कारण ई बा कि मल्टीप्लेक्सन में भोजपुरी फिलिम नइखे देखावल जात आ मध्य आ उच्च वर्ग के दर्शक एह चलते भोजपुरी सिनेमा देखे नइखन आवत.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।