मल्टी स्टारर फिल्म ‘हमसे बढ़कर कौन’ के शूटिंग शुरू बा

hamse-badhakar-kaun
हंस फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर तर बनत मल्टी मल्टी स्टारर भोजपुरी फिलिम ‘हमसे बढ़कर कौन’ के मुहूर्त हालही मे मुंबई के गोरेगाँव फिल्म सिटी मे भव्य पैमाना पर भइल रहुवे. एह फिलिम मे पहिला बेर कइ गो टाॅप के अभिनेत्री परदा प एक से बढ़के एक हैरतअंगेज आ रोमांचकारी कारनामा करत नज़र अइहे. फिलिम के टाइटिले बतावत बा कि एह फिलिम के सगरी चोटी के कलाकारन के किरदार आ गटअप अलगे तरह के होखी.

एकर निर्देशक इकबाल बक्श एह फिलिम से साबित करावे मे लागल बाड़न कि भोजपुरी सिनेमा कवनो मामिला मे पिछड़ल नइखे.

फिलिम के निर्माता धीरज परम हंस, परोसेवाला मुन्ना लाल शाह, कार्यकारी निर्माता राजू शुक्ला, कथा पटकथा लेखक संतोष पाल आ पटकथा संवाद लेखक मनोज टाईगर, संगीतकार छोटे बाबा, छायााकर दिनेश आर पटेल, नृत्य निर्देशक दिलीप मिस्त्री, रिक्की गुप्ता अउर कानू मुखर्जी आ मारधाड़ निर्देशक शकील शेख हउवे.

मुख्य भूमिका में रानी चटर्जी, अंजना सिंह, अनारा गुप्ता, स्वीटी छाबड़ा, गुंजन पन्त, अपूर्वा बिट, अमरीश सिंह, अविनाश शाही, मनोज टाईगर, बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, धर्मेन्द्र सिंह, शब्बीर कुरैशी, रतनेश तिवारी, राजीव वशिष्ठ, सिकंदर खान, अवधेश मिश्रा आ सुशील सिंह बाड़े.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।