मशरख के मीडडे मील हादसा मे प्रधानाध्यापिका आ उनुका मरद पर आरोप पत्र दाखिल

छपरा 21 अक्टूबर (वार्ता) सारण जिला के गंडामन में प्राथमिक विद्यालय मे तीन महीना पहिले भइल जहरीला मीड डे मील हादसा में 23 बचवन के मौत का मामिला में विद्यालय क तब प्रधानाध्यापिका मीना देवी आ उनुका मरद अर्जुन राय का खिलाफ पुलिस छपरा के मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी के अदालत मे आरोप पत्र दाखिल कर दिहलसि.

मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी अनिल कुमार झा के अदालत में मामले के जांच करत अनुसंधानकर्ता राज कौशल 300 से अधिका पन्ना के लमहर आरोप पत्र दाखिल कइलन, एह में प्रधानाध्यापिका आ उनुका मरद पर भारतीय दंड विधान के धारा 302 .307 .328 .201 आ 120 बी के अलावा अनुसूचित जाति जनजाति एक्टो लगावल गइल बा,

आरोप पत्र मे कहल गइल बा कि प्रधानाध्यापिका के पति घटना से दू दिन पहिले गोपालगंज जिला के सासामूसा चीनी मिल से जहरीली दवा मोनोक्रोटोफॉस खरीदले रहले आ खाना बनावे वाला स्टोर में रख दिहले रहले, मरे वाला बचवन का विसरा मे मोनोक्रोटाफॉस मिलला के पुष्टि भइल रहे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।