मशरख के सगरी के त ना बाकिर एगो बच्चा के परिवार के मिली पांच लाख रुपिया के मुआवजा

सारण जिला के मशरख का धरमसती गाँव के प्राइमरी स्कूल के तेइस गो लड़िका मिड डे मील खा के मर गइले. एह हादसा का बाद सरकार बाइस गो परिवार के दू दू लाख आ एगो परिवार के पाँच लाख रुपिया के मुआवजा दी. एह तरह के फैसला एह चलते भइल बा कि ऊ लड़िका अनुसूचित जाति के रहुवे आ ओह लोग खातिर पाँच लाख रुपिया के मुआवजा देबे के नियम बा. बाकी जाति वालन के दू दूइए लाख पर संतोष करे के पड़ी.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।