मशरख मिड डे मील के आरोपी कोर्ट में सरेंडर कइले

सारण जिला के मशरख के धर्मासती गंडामन प्राथमिक विद्यालय में १६ जुलाई का दिने भइल मिड डे मील हादसा के आरोपी अर्जुन राय आज छपरा के न्यायालय में सरेंडर कर दिहलन. मुख्य न्यायायिक दंडाधिकारी ए के झा के न्यायलय में सरे्डर कइला का बाद अर्जुन राय के चौदह दिन के न्यायायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा. पुलिस पूरा सुरक्षा में अर्जन राय के कोर्ट से ले जा के छपरा जेल चहुँपवलसि. जान जाईं कि एही जेल में अर्जुन राय के पत्नी आ हादसा वाला विद्यालय के प्रधानाध्यापिका मीना रायो बंद बाड़ी.

हादसा का बादे से पुलिस अर्जुन राय के गिरफ्तारी ला जगहे जगह छापा मारत रहुवे. (वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।