मशरख में प्रधानाध्यापक के गोली मारके हत्या

(प्रतीक फोटो)


छपरा 06 अप्रैल (वार्ता). सारण जिला के मशरख इलाका के बहरौली ब्रह्मस्थान का नियरा आजु अपराधियन के गिरोह एगो प्रधानाध्यापक के गोली मारके हत्या क दिहलें.
पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि बहरौली गांव रहे वाला आ बहरौलिए के मध्य विद्यालय के प्रभारी प्रधानाध्यापक विश्वनाथ सिंह (59 बरीस) आजु जब विद्यालय जात रहलन ओही बीच बहरौली ब्रह्मस्थान का नियरा पहिले से घात लगा के बइठल अपराधियन के गिरोह उनुका के गोली मार दिहलें.
घवाहिल प्रधानाध्यापक के इलाज ला पटना मेडिकल कॉलेज अस्पताल ले जाइल जात रहुवे ओही बीच रास्ते में उनुकर मौत हो गइल.
अबहीं ई पता नइखे चलल कि हत्या काहे भइल. पुलिस मामिला के छानबीन करत बिया.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।