मशरख में सड़क हादसा से एक जने के मौत

अतवार का साँझ सारण जिला के दोकरी निवासी पेंटर तारकेश्वर साह अपना बेटा संगे घरे जात रहलन जब मशरख मलमलिया रोड पर चंदेश्वर मोड़ का लगे एगो ट्रक धक्का मार दिहलसि. धक्का लागते बेटा बाइक से फेंका गइल. दुनू जने के कचारत ट्रक वाला भाग निकलल. बाप के मौत ओहिजे हो गइल आ अस्पताल में भरती करावल गइल बेटो के हालत बहुते खराब बतावल जात बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।