मशरख स्कूल के प्रधानाध्यापिका पकड़इली

आजु नौ दिन बाद मशरख के धरमसती गंडामन प्राइमरी स्कूल के प्रधानाध्यापिका मीना कुमारी पुलिस का हाथे लाग गइली आ उनुका गिरफ्तार होखला का बाद मुख्यमंत्री नीतीशो कुमार सामने आ गइलें मीडिया से बतियावे खातिर. कहलें कि गोड़ के चोट का चलते अशक्त रहलन बाकिर पल पल नजर रखले रहुवन. इशारे इशारा में कह गइलन कि स्कूली बच्चन के जहर कवनो हादसा भा लापरवाही का चलते ना हो के जान बूझ के कवनो षडयंत्र का तहत भइल. तबहिए लोग पुलिस के घटना स्थल ले ना जाए दिहल. कहलन कि पुलिस तहकीकात में लागल बिया आ जल्दिए मामिला के खुलासा हो जाई.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।