मशहूर वैज्ञानिक स्टीफन हॉकिंग के निधन


लंदन 14 मार्च (वार्ता). दुनिया के जानल मानल वैज्ञानिक स्टीफन हॉकिंग के 76 बरीस का उमिर में निधन हो गइल बा. ई जानकारी ब्रिटिश प्रेस एसोसिएशन उनुका परिवार के हवाले से आजु दिहले बावे.

स्टीफन हॉकिंग एगो अइसन बीमारी से पीड़ित रहलें, जवना चलते उनुका शरीर के कई एक हिस्सा के लकवा मार दिहले रहुवे. एकरा बावजूद ऊ कबो हार ना मनलन आ विज्ञान के क्षेत्र में नया खोज कइल जारी रखलन. ब्लैक होल आ बिग बैंग थ्योरी के समुझे में हॉकिंग के अहम भूमिका रहल. उनुका लगे 12 गो मानद डिग्री रहल आ अमेरिका के सबले बड़हन नागरिक सम्मान से उनुका के सम्मानित कइल रहे.

यूनिवर्सिटी ऑफ केम्ब्रिज में गणित आ सैद्धांतिक भौतिकी के प्रोफ़ेसर रहल स्टीफ़न हॉकिंग के गिनती आईंस्टीन का बाद के सबले बड़का भौतकशास्त्रियन में होखत रहे.

स्टीफन हॉकिंग के जनम आठ जनवरी 1942 का दिने इंग्लैंड में भइल रहुवे. हमेशा व्हील चेयर पर रहे वाला हॉकिंग आम इंसान से हमेशा अलगे लउकत रहलें. दुनिया के मशहूर आ महान वैज्ञानिक अउर बेस्टसेलर किताब ‘अ ब्रीफ़ हिस्ट्री ऑफ टाइम’ के लेखक स्टीफन हॉकिंग शारीरिक अक्षमता के पीछे छोड़त साबित क दिहले रहन कि अगर इच्छा शक्ति होखे त इंसान कुछऊ कर सकेला, अपना खोज के बारे में हॉकिंग क् कहना रहल कि – हमरा सबले बेसी खुशी एह बाति के बा कि हम ब्रह्माण्ड के समुझे में आपन भूमिका निभवनी, एकर रहस्य लोगन ला खोलनी आ एह पर भइल शोध में आपन योगदान दे पवनी. हमरा अपना पर गर्व होला जब लोग के भीड़ हमरा काम के जानल चाहेले.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।